Menu
blogid : 13960 postid : 6

भोजपुरी से अश्लीलता के दूर करे में जुट गइले भोजपुरिया लोग – (BHOJPURI NEWS)

Apni Bhojpuri Sanskriti
Apni Bhojpuri Sanskriti
  • 3 Posts
  • 0 Comment

भोजपुरी से अश्लीलता के दूर करे में जुट गइले भोजपुरिया लोग ! सूचना मिल रहल बा की सोशल नेटवर्किंग साईट फेसबुक पे भोजपुरिया लोग अश्लीलता फैलावे वाला लोग पे जोरदार प्रहार कइले बा लोग ! दिन प्रतिदिन भोजपुरी अश्लीलता के निचे दबल जा रहल बा और इ देख के भोजपुरिया लोग के मन में गुस्सा फुट रहल बा भोजपुरिया लोग सोशल नेटवर्किंग साईट पे अपनी भोजपुरी संस्कृति के नाम से पेज बनवले बा लो जवना के सिर्फ 76 घंटा भी ना पूरा भइल की एह पेज के 650 से भी अधिक भोजपुरिया लोग लाइक कर के एह पेज में सामिल हो गइलन और लगातार पोस्ट , कमेंट्स के माध्यम से भोजपुरी में फैलल अश्लीलता के दूर करे के बारे में आपन प्रतिक्रिया दे रहल बड़े लोग | और एगो भोजपुरीया भाई “राज कमल जी ” कविता के माध्यम से आपन भोजपुरी में अश्लीलता फैलावे वाला लोग के कुछ एह अंदाज़ में जबाब दिहले रऊआ सब तानी एह कविता के ध्यान से पढ़ी “सामियाना के चोंप जब घोंपायी देवरा करी तब खूब चुसाई, जेनेरेटर जब चालु हो जाई तब हुक भी ढीला होयीये जाई, जींस के तब के कहो ए भाई अंग-अंग ढीला हो जाई, रउवा बस देखत जायीं ई लोग राम-राम गोहराई, जब मूंह में करिखा पोताई गोबर घोर के पियावल जाई, तब्बे अश्लील गावे वाला लोग के बात समझ में आई।” सब पढ़ के ता रऊआ सब के पता चल ही गइल होई की भोजपुरिया जनता एह अश्लील गावे वाला और अश्लीलता फैलावे वाला पे कतना खिसिआइल बिया
NEWS BY:- कमल जी मिश्र (KAMAL JEE MISHRA)

Read Comments

    Post a comment

    Leave a Reply